मुख्य पन्ना

ज्ञानीपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

Welcome to ज्ञानीपीडिया!

इलाहाबाद
اللہ آباد
Prayag
प्रयाग
پریگ
मेट्रोशहर
ऊपर बायें से घड़ी के सुई के दिसा में: पत्थर गिरजाघर, खुसरू बाग, इलाहाबाद हाइकोर्ट, नया यमुना पुल, सिविल लाइंस के आकासरेखा, इलाहाबाद विश्वविद्यालय, आजाद पार्क में थॉर्नहिल माएन मेमोरियल आ आनंद भवन।
पुकार नाँव: प्रधानमंत्री लोग के शहर,[१]
Sangam City[२]
देस  भारत
राज्य उत्तर प्रदेश
जिला इलाहाबाद
सरकार
 • संस्था इलाहाबाद नगर निगम
 • मेयर अभिलाषा गुप्ता[३]
रकबा
 • मेट्रोशहर ७०.५ किमी (२७.२ बर्गमील)
ऊँचाई ९८ m (३२२ ft)
जनसंख्या (2011)[४]
 • मेट्रोशहर १,११७,०९४
 • रैंक 36वाँ
 • जनघनत्व १६,०००/किमी (४१,०००/बर्गमील)
 • मेट्रो[५] १,२१६,७१९
 • मेट्रो २३वाँ
निवासी नाँव इलाहाबादी
टाइम जोन IST (यूटीसी+5:30)
पिनकोड 211001-18
टेलीफोन कोड +91-532
गाड़ी नंबरप्लेट UP-70
लिंगानुपात 978 /1000
ऑफिशियल भाषा हिंदी
अन्य आधिकारिक भासा उर्दू[६]
वेबसाइट allahabad.nic.in

इलाहाबाद भारत देस के उत्तर प्रदेश राज्य में गंगा, यमुना अउरी पौराणिक सरस्वती की संगम पर बसल एगो दसलाखी शहर बा आ ई इलाहाबाद जिला क मुख्यालय हउए। एकर प्राचीन नाँव प्रयाग हवे आ ई हिंदू धर्म क एगो बहुत महत्वपूर्ण तीरथ अस्थान हऽ। हर बारिस इहाँ माघ की महीना में माघ मेला लागेला आ हर बारहवाँ बारिस कुंभ मेला, आ हर कुंभ की छह साल बाद अर्धकुंभ मेला लागेला। कुंभ मेला विश्व क सबसे बड़हन मेला हवे।

इलाहाबाद में इलाहाबाद विश्वविद्यालय एगो विश्वप्रसिद्द इन्वरसिटी बा जेवन ए शहर के शिक्षा की क्षेत्र में बहुते ऊँच अस्थान दिहले बा। इलाहाबाद विश्वविद्यालय के 'पूरुब क आक्सफोर्ड' कहल जाला। एकरी आलावा इहँवा इलाहाबाद हाइकोर्ट बा जेवन उत्तर प्रदेश के हाइकोर्ट हवे। ए॰ जी॰ आफिस आ मिलिट्री पेंशन के आफिस भी इहाँ बा जेवना से ए शहर क महत्व बढ़ जाला।

अंग्रेजन की समय में सन 1902 से 1920 ले ई शहर संयुक्त प्रांत क राजधानी रहल आ 1958 ई॰ में भारत क राजधानी रहल। इलाहाबाद भारत की स्वतंत्रता संग्राम में ए शहर क बहुत महत्व क अस्थान रहे आ काँग्रेस क चौथा अधिवेशन इहँवा भइल रहे। भारत क पहिला परधानमंत्री पं॰ जवाहिरलाल नेहरू के जनम इहँवे भइल रहे। उहाँ के घर आनंद भवन अब एगो संग्रहालय की रूप में बा।

अकबर क बनवावल इलाहाबाद किला, खुसरो बाग, कंपनी बाग, मिंटो पार्क, थोर्नहिल माएन मेमोरियल, भारती भवन पुस्तकालय, हिंदी साहित्य सम्मलेन, हिन्दुस्तानी एकेडमी, प्रयाग संगीत समिति इत्यादि ए शहर क प्रमुख आकर्षण आ महत्व के अस्थान बा। ur:سرورق

as:বেটুপাত

  1. "City of Prime Ministers". Government of Uttar Pradesh. पहुँचतिथी 16 August 2014.<templatestyles src="Module:Citation/CS1/styles.css"></templatestyles>
  2. Mani, Rajiv (21 मई 2014). "Sangam city, Allahabad". टाइम्स ऑफ इंडिया. Times Group. Bennett, Coleman & Co. Ltd. पहुँचतिथी 16 अगस्त 2014.<templatestyles src="Module:Citation/CS1/styles.css"></templatestyles>
  3. "Mayor of the city". The Indian Express. पहुँचतिथी 25 September 2012.<templatestyles src="Module:Citation/CS1/styles.css"></templatestyles>
  4. "Census 2011" (PDF). censusindia. The Registrar General & Census Commissioner. पहुँचतिथी 25 June 2014.<templatestyles src="Module:Citation/CS1/styles.css"></templatestyles>
  5. "Urban Agglomerations/Cities having population 1 lakh and above" (PDF). censusindia. The Registrar General & Census Commissioner,. पहुँचतिथी 25 June 2014.<templatestyles src="Module:Citation/CS1/styles.css"></templatestyles>
  6. "Report of the Commissioner for linguistic minorities: 50th report (July 2012 to June 2013)" (PDF). Commissioner for Linguistic Minorities, Ministry of Minority Affairs, Government of India. प. 49. पहुँचतिथी 8 November 2015.<templatestyles src="Module:Citation/CS1/styles.css"></templatestyles>